रचनाकार

सरकार को श्रद्धांजलि…

( अखिलानंद यादव )

ऐसी वैसी कैसी हो
अब तो तेरी तैसी हो
शोर मचा है गली गली…
सरकार को श्रद्धांजलि
सरकार को श्रद्धांजलि….१

चल रहल बा नरसंहार
हो रहल बा हाहाकार
अभाव ऑक्सीजन के खली….
सरकार को श्रद्धांजलि
सरकार को श्रद्धांजलि…..२

ना बेड मिलत बा हाली में
ना ब्रेड मिलत बा थाली में
हर तरफ बा खलबली
सरकार को श्रद्धांजलि
सरकार को श्रद्धांजलि….३

केहू पइसा-पइसा कईले बा
केहू मौत से मुंह मिलइले बा
इ मऊवत कइसे टली….
सरकार को श्रद्धांजलि
सरकार को श्रद्धांजलि…..४

आपन -अपने से दूर भईल
छन भर में जाने कहां गइल
चिता लकड़ी पर जली…
सरकार को श्रद्धांजलि
सरकार को श्रद्धांजलि…५

चुनाव भईल चुन चुन के
रोवे अखिल रोटी नून के
कोरोना पहुंचल गली गली…
सरकार को श्रद्धांजलि
सरकार को श्रद्धांजलि….६

चाय वाला हाय हाय
गाय वाला हाय हाय
ये कैसी बिपदा पली..…
सरकार को श्रद्धांजलि
सरकार को श्रद्धांजलि…७

रचना – अखिलानंद यादव
रतनपुरा मऊ
9450461087

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *