अपना जिला

कुछ ना कोरोना करी,मिलके जे सभे लड़ी

मेरी कलम से ….
अखिलानंद यादव

सूचना,सुरक्षा, स्वास्थ मिलत बा घड़ी घड़ी
कुछ ना कोरोना करी,मिलके जे सभे लड़ी…..

जब से आइल कोरोना कहर बन गइल ,
जईसे लागे की पानी जहर बन गइल । अब त भुखियो प्यास सतावे लागल,
याद चहल पहल के भी आवे लागल ।।

निकली जब केहू घर से, तबे होई गड़बड़ी
कुछ ना कोरोना करी, मिलके जे सभी लड़ी……

अब त अखिल आनंद के आदत भईल,
सबके जीनगी बचावे ला चाहत भईल ।
सभे आदेश के अनुपालन करे ,
मुसीबत भरा दौर जल्दी टरे ।।

दूरी बनाके रह ,औरी ना कवनो जड़ी
कुछ ना कोरोना करी, मिलके जे सभी लड़ी……

पत्रकार, पुलिस ,डाक्टर सबका ला दुआ करी
कुछ ना कोरोना करी, मिलके जे सभी लड़ी……

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *